गर्व के बात: बिहार के 6 विभुति के मिली पद्म सम्मान।

By

गर्व के बात: बिहार के 6 विभुति के मिली पद्म सम्मान।


अबकी बार केंद्र के तरफ से बिहार के 6 ठो महान विभूति के चुनाव भइल बा, पद्म सम्मान से नवाजे खातिर। आइये उ लोग के बारे में जानी जा।

1. हुकुमदेव नारायण यादव

हुकुमदेव जी लोक सभा के जानल मानल सदस्य बारेन और बिहार के मधुबनी के प्रतिनिधित्व करेलें। इस बार इनके पद्म भूषण से सम्मानित कईल जाई।

Source

2. मनोज बाजपेयी

मशहूर और प्रतिभाशाली अभिनेता मनोज बाजपेयी के पद्मश्री सम्मान से नवाज़ल जाई।

3.राजकुमारी देवी

मुज़्ज़फरपुर के किसान चाची के नाम से मशहूर राजकुमारी देवी के पद्म श्री दिहल जाइ। एकर पहिले बिहार सरकार उनका के किसानश्री सम्मान से पृस्कृत कईले बा।

4. भगीरथी देवी

चंपारण के ब्लॉक में एक स्वीपर से आज पश्चिम चंपारण के रामनगर से MLA भगीरथी देवी का जीवन बहुत प्रभावशाली रहल बा।

5.ज्योति कुमारी सिन्हा

जेके सिन्हा एक IPS ऑफिसर हवी। इ दलित बच्चो के शिक्षा के क्षेत्र में बहुत काम कईले बारी।

6. गोदावरी दत्ता

मिथिला चित्रकारी में पिछला आठ दशक से आपन योगदान देबे वाली गोदावरी दत्ता के पद्मश्री से सम्मानित कईल जाइ।

You Might Like These

Leave a Comment