अक्षरा सिंह चिंटू जी के साथ करे जा रहल बाड़ी ‘विवाह’

By

अक्षरा सिंह चिंटू जी के साथ करे जा रहल बाड़ी ‘विवाह’


जी, हऽ अक्षरा सिंह जल्द ही चिंटू जी उर्फ प्रदीप पांडेय के साथ ‘विवाह’ करे जा रहल बारी। इ खबर सुनते ही अक्षरा जी के फैन्स लोग टेंशनिया जाई लोग लेकिन इ विवाह उ विवाह ना हऽ जवन रउआं लोग सोच तानी जा। बल्कि अक्षरा सिंह के आवे वाला अगिला फिलिम के नाम हऽ।

हाल ही में अक्षरा जी के फिल्‍म ‘लव मैरेज’ के सुटिंग पुरा भइल हा और अब उ चिंटू जी के साथ ‘विवाह’ फिलिम में नजर अइहे, जेकर शूटिंग 1 फरवरी से रायपुर में शुरू हो जाई। इ भोजपुरी फिल्म ‘विवाह’ के वर्ल्ड वाइड फिल्म प्रोडक्शन बना रहल बा। एकर निर्माता प्रदीप सिंह जी और फिलिम के निर्देशक मंजूल ठाकुर जी बारे। फिल्‍म के कहानी खुद मंजुल लिखले बारे।
प्रदिप सिंह जी के कहनाम बा कि इ फिलिम एगो पारिवारिक फिलिम होई। जेमें कौनो तरह के अश्लीलता ना होई। फिल्‍म की कहानी बाकी भोजपुरी फिलिम से काफी अलग होई। फिलिम में गीत आज़ाद सिंह, प्यारे लाल और श्याम देहाती के होई, और संगीतकार छोटे बाबा होंखिहे।

You Might Like These

Leave a Comment