सबसे धमाकेदार मशहूर भोजपुरी गाना

By


भोजपुरी गाना के मतलबे होखेला कि बस उठऽ और नाचे लागऽ। जइसे-जईसे भोजपुरी सिनेमा जगत आगे बढता वईसे-वईसे भोजपुरी गाना भी लोगन के दिल में जगह बनावत जाता। वोही सब गाना में से कुछ अईसन भी गाना बा जेकरा बिना कौनो पार्टी अधूरा बा।

Source

1. लाॅलीपाप लागेलू

जब भोजपुरी गाना के चर्चा होखे और लाॅलीपाप के बात ना उठे अईसन हो ना सकेला। “लाॅलीपाप लागेलूू” पवन सिंह कैरियर के सबसे हीट गाना ह। पवन सिंह के पहिला भोजपुरी एलबम भले 1997 में आईल रहे लेकिन इहे गाना के वजह से प्रचलित भइलन। ई गाना के कौगो भाषा में रीमेक बन गईल बा।

2. राजा राजा करेजा में

ई गाना के पीछे जौन आवाज बा उ ह राधे श्याम रशिया के। आज भी ई गाना हर बैचलर्स पार्टी के फेवरेट गाना ह। जब भी राधे जी कौनो स्टेज पर जाएलन त इहे गाना के फरमाइश होला। इ गाना के गायक के भी ओतना प्रचलित ना भईले जेतना कि ई गाना।

3. फुलौरी बीना चटनी

ई प्रसिद्ध गाना के सुन्दर पोपो और कंचन-बबला द्वारा 1983 में तैयार कईल गईल बा। ई गाना के बाद सुंदर जी के नाम देश-विदेश में नाम आग के जईसन फईल गईल। ई गाना के सलमान खान के मूवी दबंग-२ में भी डालल गईल बा।

4. राते दिया बुता के

ई गाना पवन सिंह के मूवी “सत्या” के ह जेके आवाज दे ले बा लोग पवन सिंह और इंदू सोनाली। ई गाना के YouTube पर सबसे ज्यादा देखल गईल रहे। इ फिल्म में पवन सिंह और अक्षरा सिंह मुख्य भूमिका में रहे लोग।

5. लचके कमरिया तोहर

ई गाना मूवी “मैं सेहरा बांध के आऊंगा” के ह। खेसारी लाल यादव और प्रियंका सिंह गईले बा लोग। खेसारी लाल के इ मूवी खातिर “दादा साहब फाल्के एकेडमी अवार्ड” से सम्मानित कईल गईल रहे।

रउरा लोगन के पसंदीदा गाना कमेंट में बताई जा।

You Might Like These

Leave a Comment