माई हम ससुरारी ना जायम, मरद हमार बुरबक बा।

By


भले इ लाइश रउआ लोगन के गाना लागत होई लेकिन इ गाना ना सच्चाई ह। सच कहल बा कि जोड़ी ऊपर वाला बना के भेजे ले। केहू के ना चाहते भी शादी हो जाला त केहु के होत होत रूक जाला।कुछ अइसहीं भइल बा सारण जिला के चित्रसेन पुर गाँव में। बतावल जाता कि शादी के दौरान बिजली चमके के आवाज सुन के दुल्हा डेरा गईले। ओकरा बाद लईकी के लइका के मानसिकता पर सक भइल और शादी से मना कर देहलस।


फिर लईकी वाला दहेज में देहल पइसा वापस मांगे लगले। लइका वाला के कहनाम बा कि जेतना पइसा उ लोग देहले रहे ओ से ज्यादा के गहना बनवा देहले बारे। इ लेके विवाद और बढ़ गइल।
बात एतना बढ़ गइल कि लइका के साथ पुरा बरात के बंधक बना लेहल गइल। जब बात पुलिस तक पहुँचल और पुलिस आके बात खतम करे के कोशिश करे लागल त पुलिस के गाड़ी के भी नुकसान पहुंचावल गइल। पुलिस इ पुरा मामला के लेके तीन जाना के गिरफ्तार कइलस।
आगे पढिये खेसारी के वायरल वीडियो पर लोग भइल गुस्सा, जानी पूरा सच।

You Might Like These

Leave a Comment