रेलवे ग्रुप डी के आवेदन केतना जाना के भइल रद्द, इहाँ चेक करीं आपन आवेदन।

By


रेलवे के ग्रुप डी के 89409 पद खातिर इ बार RRB ऑनलाइन आवेदन पर देश भर से 2.37 करोड़ से ज्यादा लोग आवेदन कइले बा। जेकर छंटनी में काफी समय लाग गइल। आवेदन पत्र के जांच के काम दस जुलाई के पूरा होखले के बाद देश के सब 21 रेलवे भर्ती बोर्ड के वेबसाइट पर परीक्षा खातिर चयनित अभ्यर्थियों के सूची अपलोड कर देहल गइल। अभ्यर्थी 20 जुलाई तक RRB की वेबसाइट पे देखल जा सकेला कि उनकर आवेदन पत्र रिजेक्ट भइल या सेलेक्ट।


बोर्ड की ओर से इ ऑनलाइन परीक्षा सितंबर माह से शुरू करा देहल जाइ। परीक्षा के दिसंबर तक पूरा हो जाए के संभावना बा। लिखित परीक्षा पूरा होखला के एक महीना के भीतर ही परिणाम जारी कर देहल जाइ। बाद में सहायक लोको पॉयलट और तकनीशियनों खातिर मनोवैज्ञानिक परीक्षा और मेडिकल परीक्षण के काम RRB द्वारा करवावल जाइ।

RRB Group D Recruitment 2018: Application Status, Exam Date, Admit Card, Syllabus and Previous Papers


वेबसाइट में देहल लिंक एप्लीकेशन स्टेटस में क्लिक कइला के बाद अभ्यर्थियों के आपन रजिस्ट्रेशन नंबर टाइप करें के होइ। एकरा बाद जन्मतिथि और सिक्योरिटी कोड दहला के बाद आवेदन पत्र के पूरा ब्योरा स्क्रीन पर आ जाइ। अगर केहू के आवेदन कौनो कारण से रिजेक्ट हो गइल होइ त ओमें ओकर वजह भी देहल गइल रही।
RRB के ऑनलाइन भर्ती परीक्षा के सूचना अभ्यर्थि के उनकर ई-मेल आईडी पर देहल जाइ। सूचना मिलला के बाद अभ्यर्थी RRB की वेबसाइट से आपन प्रवेशपत्र डाउनलोड कर सकेला।
आगे पढ़िए : आये वाला 4-5 महीना में राजगीर और भी आकर्षक हो जाई।

You Might Like These

Leave a Comment