पटना में चल रहल बा जाली टिकट के कारोबार।

By


कभी भी कौनो दलाल के चक्कर में ना पड़े के, हमेशा रेलवे काउंटर से ही टिकट लेबे के चाहीं। और जब भी टिकट ली त ओके अच्छा से चेक कर लेबे के चाहीं। दरअसल, दानापुर मंडल के राजेन्द्रनगर टर्मिनल पर बुकिंग काउंटर से ही जाली टिकट के कारोबार शुरू हो गइल बा। पिछला 10 दिन में इ तीसरा बार इहां जाली टिकट पकड़ल गईल बा।
आरपीएफ इंस्पेक्टर के सूचना मिलल कि राजेन्द्र नगर टर्मिनल पर जाली टिकट के कारोबार चलऽ ता। त पटना जंक्शन पर ट्रेन की जनरल बोगी में चेकिंग अभियान चलावल गइल। चेकिंग के दौरान तीन लोगों के जाली टिकट के साथ यात्रा करते पकड़ल गईल।


पकड़ाइल यात्री जितेन्द्र सहनी, आमोद राय एवं संतलाल राय पूछताछ के दौरान बतावल लोग कि उ लोग टिकट संख्या 32136285, 32136284 एवं 32136283 बुकिंग काउंटर संख्या चार से लेहले रहे लोग। टिकट पर राजेन्द्र नगर से नई दिल्ली लिखल रहे। राजेन्द्र नगर सही रहे लेकिन नई दिल्ली दोसर नाम के मिटाके बड़ी चतुराई से लिखल गइल रहे। भाड़ा भी 275 रुपये कईल गइल रहे। इहां तक कि टिकट पर बुकिंग समय के भी मिटाके 15.24 बजे कइल गइल रहे। जब उ सीरीज के टिकट के मिलावल गइल त पता चलल कि ई सुबह में ही बुकिंग काउंटर से राजेन्द्रनगर टर्मिनल से किउल खातिर जारी कइल गइल रहे।

Source


आरपीएफ की ओर से सीसीटीवी से लेके हर बात पर बारीकी से जांच चल रहल बा।
दानापुर मंडल के वाणिज्य प्रबंधक विनीत कुमार ने कहनाम कि जाली टिकट के कारोबार बुकिंग काउंटर से ना, बल्कि बुकिंग काउंटर के बाहर से कइल जा रहल बा।
रेल अधिकारी के कहनाम बा कि टिकट काउंटर से लेहल जरूर जा ला लेकिन शार्ट डिस्टेंस के। यात्री टिकट लेके बाहर निकल के वहां से कौनो दलाल अथवा फ्रॉड के झांसा में पड़ जाएला लोग।
फिलहाल आरपीएफ मामला के जांच कर रहल बा।
जानिए, WhatsApp पर कैसे जानेंगे कौन सा ‘फेक न्युज’ हैं।

You Might Like These

Leave a Comment