प्रधान मंत्री के रोल में विवेक या परेश रावल?

By


मुंबई में सोमवार के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पर बनने वाला फिल्म पीएम नरेंद्र मोदी के पहला पोस्टर लॉन्च भइल। ओमंग कुमार के द्वारा निर्देशित इ फिल्म मे प्रधानमंत्री मोदी के रूप में देख जा सकेला अभिनेता विवेक ओबेरॉय के।


वही दूसरी तरफ बहुत दिन से चर्चा रहल की मशहूर कलाकार परेश रावल भी मोदी के बायोपिक में व्यस्त बारन।
बहुत लोग के इहो लागल की शायद परेश रावल अब मोदी के रोल नइखन करत। दरअसल सच्चाई इ बा की परेश रावल भी मोदी के रोल करीहें। काहे की मोदी के जीवन पे एक ना बल्कि दो फिल्मे बनता।

Source


एक फिल्म में विवेक और दूसरी में परेश , पी एम के रोल में दिखीहें। जहाँ एक ओर विवेक वाला फिल्म के फर्स्ट लुक भी आ गइल बा और जल्द ही फिल्म पूरा हो जाइ , वही परेश रावल के फिल्म के निर्देशक अभी फाइनल होखे के बाकि बारें।
परेश रावल के दावा बा की उनसे बेहतर मोदी जी रोल केहू ना निभा सकेला..वही विवेक के फिल्म खातिर शुभकामना भी देले बारें।

You Might Like These

Leave a Comment