का अखिलेश भइया, सरकारी बंगला के भूत बंगला बना के छोड़ ल।

By


सुप्रीम कोर्ट के आदेश के बाद पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आपन सरकारी बंगला त तीन जून के खाली कर देहले लेकिन राज्य संपत्ति विभाग के बंगला के चाबी 9 जून को सौंपले।
चाबी लेबे के बाद राज्य संपत्ति विभाग के अफसर जब बंगला के गेट खोलल लोग त उहां के नजारा देखके सब लोग दंग रह गइल। उ आशियाना बंगला अब खंडहर के तरह वीरान पड़ल रहे। बाहर गेट से लेके अंदर तक पूरा बंगला टूटल-फूटल रहे।


अधिकारी और मीडिया बंगला में प्रवेश करत गइले सब जगह टूटल-फूटल दिवाल और जमीन ही नजर आवे। बहरी साइकिल ट्रैक के पूरा फर्श टूटल मिलल। हमेशा हरा-भरा रहे वाला गार्डन भी बर्बाद मिलल। बंगला में लागल फ्लोर टाइल्स, मार्बल समेत कौगो जगह के फर्श टूटल मिलल। छत और दरवाजा पर भी हथौड़ा चलावे के निशान रहे। इहां तक कि इलेक्ट्रिसिटी बोर्ड तक के भी उखाड़ देहल रहे।

Source


बैडमिंटन कोर्ट के भी फर्श, दीवार, नेट और टाइल्स उखाड़ल मिलल।
पूरा बंगला में जो सबसे ज्यादा सुरक्षित बाचल रहे उ रहे मंदिर। संगमरमर के इ मंदिर के कौनो नुकसान ना पहुंचावल गइल रहे।
अब रहल बात कि अखिलेश भइया इ काहे करवइले, त इ बात उ जानस, लेकिन इ त तय बा कि एकर हर्जाना आम जनता के भोगे के पड़ी।

और पढ़िए : मिताली राज तोड़ा विराट रिकॉर्ड।

You Might Like These

Leave a Comment