हार्दिक पंड्या और के एल राहुल भइलें टीम से ससपेंड।

By


पॉपुलर शो ‘कॉफी विद करण ‘ पर दिहल विवादित बयान के वजह से पंड्या और राहुल के भारतीय टीम से फ़िलहाल सस्पेंडेड कर दिहल गइल बा। दुनो लोग के ऑस्ट्रेलिया से वापस बोलल लिहल गइल बा। जब तक विवाद के जांच पूरा नइखे हो जात , तब तक इ लोग भारतीय क्रिकेट टीम में ना खेल सकत बा। हार्दिक पंड्या शो में महिलाओ के बारे में विवादित बयान देले रहलें।


उनकर अनुसार अनेक महिला लोग से सम्बन्ध बहुत ही आम बात बा उनका खातिर। इ बयान के लेके उनका के सोशल मीडिया पे बहुत ट्रोल कइल गइल। यहाँ तक की बाकी सब साथी खिलाडी लोग भी एकर निंदा कइले बा। और दूसरी तरफ स्टार वर्ल्ड भी करण के इ विवादित शो के हटा देले बा।

Source


सुप्रीम कोर्ट द्वारा गठित प्रशासकों की समिति (सीओए) के प्रमुख विनोद राय इ जानकारी देले की जांच पूरा होखे तक पंड्या और राहुल के कउनो मैच में शामिल न कइल जाइ।

हार्दिक ट्वीट कर के मांगले माफ़ी

विवाद के बाद हार्दिक माफी मांगते हुए कहलें , “हम एक चैट शो पर गइल रहनी । हम कुछ बयान देनी और एही दौरान हम इ बात पर ध्यान नाही दिहनि कि एह से केहू के भावनाआहत हो सकत बा । हम तहेदिल से एकर खातिर माफी मांगतानी । हम आपको भरोसा देतानी कि इ हम दुर्भावना के चलते या समाज के कोई खास वर्ग के बुरा दिखावे खातिर नइखी कइले । ईमानदारी से कही तो हम शो के नेचर के मुताबिकओमे बह गइल रहनी।”

You Might Like These

Leave a Comment