मचावत धूम हीरो वर्दीवाला… निरहुआ के नया रूप।

By


जब भोजपुरी सिनेमा जगत के सबसे जानल मानल चेहरा दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ और आम्रपाली दुबे पर्दा पर आवेला, तो दर्शक लोग पागल हो जाला। और अब सिर्फ सिनेमा के पर्दा पे ही ना, डिजिटल माध्यम से भी ई जोड़ी दर्शको के मन लुभावत बा। ऑल्ट बालाजी के द्वारा प्रस्तुत पहिला भोजपुरी वेब सीरीज़ ‘हीरो वर्दीवाला’ के बहुत प्यार मिल रहल बा।
ट्रेलर देखीं

जहाँ तक मेकिंग के बात बा, शैली भोजपुरी फ़िल्म ही बा लेकिन डायलॉग्स और कहानी में नयापन देखल जा सकता। राजनीति और अपराध के पृष्ठभूमि पर आधारित कहानी तत्कालीन समाज के आईना बनल बा। वेब सीरीज़ में देखावल गइल बा कि कैसे एक राजनीतिक पार्टी सत्ता में बनल रहे खातिर कुछ भी कर सकता। कहानी के विलेन बा ‘ब्लैक स्टार’ , लेकिन जहा अपराध बा वहाँ एक रक्षक जरूर होला… ‘हीरो वर्दीवाला’ के किरदार में ‘निरहुआ’ अपराध जगत के ईंट से ईंट बजावेलें।

एस पी तेज़ प्रताप सिंह (निरहुआ), पहिले तो अपराधी लोग के अपने दोस्ती के जाल में फ़सावेले, फिर ओकर खात्मा कर देबेलें। जहाँ तक निरहुआ और आम्रपाली के जोड़ी के बात बा, तो कमाल के केमिस्ट्री देखे के मिली दर्शक लोग के। 13 एपिसोड वाला ई वेब सिरीज़ में एक पुलिस ऑफ़सर के बहादुरी, देशभक्ति और सच्चाई के साथ साथ राजनीतिक उठा पटक भी मिश्रित बा। संभावना सेठ और निरहुआ के एक गाना ‘न तो फुर्र से चिरैया उड़ जाई’ पहिले ही हिट हो गइल बा।
गाना देखीं

तो फिर देर कौन बात के बा … देख ली भोजपुरी जगत के पहिला वेब सीरीज़ ‘हीरो वर्दीवाला’… और हाँ, क्लाइमेक्स में एक बड़ा सस्पेंस रउरा लोग के इंतेज़ार कर रहल बा।

You Might Like These

Leave a Comment