कर्ज़ के वजह से इमरान लगा देलें चाय बिस्किट पे भी रोक।

By

कर्ज़ के वजह से इमरान लगा देलें चाय बिस्किट पे भी रोक।


एकरे के कहल जाला आपन पैर पे कुल्हाड़ी मारल। भारत के द्वारा कश्मीर से 370 धारा हटावला के बाद, पाकिस्तान जोश में आके भारत के साथ व्यापारिक संबंध खत्म कर देलस। लेकिन वो से भारत के आर्थिक हालत पे कौनो असर न पड़ल। उल्टे पहिले से ही कर्ज़ में डूबल पाकिस्तान के खटिया खड़ी हो गइल। सब्जी और रोजमर्रा के जरूरत वाला सामान के दाम इतना बढ़ गइल की आवाम परेशान हो गइल बा। लाल लाल टमाटर के तो लाले पड़ गइल बा। अब अइसन बात नइखे की इमरान के ई लीजेंडरी फैसला से सिर्फ अवाम के ही परेशानी होत बा, नेता लोग के भी हालत खस्ता बा। सरकारी कामो पे भी कॉस्ट कटिंग के कुल्हाड़ी चले के शुरू हो गइल बा। और एहि के ध्यान में रखते हुए इमरान एक और लीजेंडरी फैसला ले ले बाड़ें।

मीटिंग में चाय बिस्किट पर पाबंदी
आपन तिलिस्मी दिमाग (सूत्रों के मुताबिक) के इस्तेमाल करते हुए प्रधानमंत्री (पाकिस्तान के) इमरान खान सरकारी मीटिंग में चाय बिस्किट पे रोक लगा देले बाड़ें। जी आप सही पढतानी। पाकिस्तानी अखबार ‘डॉन’ के छपल एक खबर के अनुसार सिर्फ चाय बिस्कुट पे ही ना बल्कि सरकारी अधिकारी के लिए अखबार और मैगज़ीन पे भी कॉस्ट कटाई चलता। एक अधिकारी एक से ज्यादा अखबार ने खरीद सकेला। आशा बा पाकिस्तानी सियासत ई स्थिति से सबक सीखी और आतंकवाद के साथ छोड़ के आपन देश के गरीबी से बाहर निकाले के कोशिश करी।

You Might Like These

Leave a Comment