दुनिया के सबसे शक्तिशाली देशन में भारत के मिलल इ रैंकिंग

By


दी स्‍पेक्‍टेटर इंडेक्‍स दुनिया से सबसे ताकतवर आर्मी जारी कइले बा। इ लिस्ट में हर तरह से रिसर्च कईला के बाद दुनिया के सबसे ताकतवर आर्मी के रैंकिंग कइल गइल बा। रिपोर्ट के मुताबिक आपन देश के आर्मी, टॉप पांच में जगह बना लेले बा। यहाँ तक की भारतीय आर्मी के रैंकिंग फ्रांस के आर्मी से भी ऊपर कइल बा। फ्रांस के आर्मी सबसे शक्तिशाली आर्मी के लिस्ट में पांचवा नंबर पे बा, जब की भारतीय सेना के चौथा रैंक मिलल बा। इ लिस्‍ट में अमेरिका के दुनिया के सबसे शक्‍तिशाली सैन्‍य क्षमता के रूप में मान्‍यता दिहल गइल बा। जबकि रूस के दूसरा स्‍थान पर और चीनी सेना के तीसरा स्थान पर राखल गइल बा।


दुनिया में एक बार फिर एशिया के डंका बाजत दिख रहल बा। दी स्‍पेक्‍टेटर इंडेक्‍स के रिपोर्ट केअनुसार सैन्‍य ताकत के मामले में टॉप पांच में चीन और भारत आपन आपन ताकत देखा रहल बा। नेवी के मामले में भारतीय नेवी दुनिया के पांचवा सबसे बड़ा जल सेना बन गइल बा। पिछले कुछ दिन से भारतीय सेना के ताकत लगातार बढ़त जात बा। इंडियनआर्मी में 13 लाख से भी ज्‍यादा जवान बारन।
इ लिस्ट में पाकिस्तान टॉप 15 में भी नइखे। टॉप 10 लिस्ट के अनुसार छठवा नंबर पर ब्रिटैन के आर्मी, आठवे नंबर पर साउथ कोरिया और जर्मनी के दसवा नंबर पर राखल गइल बा।

Source


टॉप 4 देश के सैन्‍य बजट और ताकत:

अमेरिका – $587,800,000,000 बजट
5884 टैंक्स, 19 एयरक्राफ्ट/हेलिकॉप्टर कैरियर्स, 13,762 एयरक्राफ्ट, नेवल ताकत 415, कुल आर्मी जवान – 1,400,000

रूस – $44,600,000,000 बजट
20,215 टैंक्स, 1 हेलिकॉप्टर कैरियर्स, 3794 एयरक्राफ्ट, नेवल ताकत – 352, कुल आर्मी जवान – 766055

चीन – $161,700,000,000 बजट
6457 टैंक्स, 1 हेलिकॉप्टर कैरियर्स, 2955 एयरक्राफ्ट, नेवल ताकत – 714, कुल आर्मी जवान – 2335000

भारत – $51,000,000,000 बजट
4426 टैंक्स, 3 हेलिकॉप्टर कैरियर्स, 2102 एयरक्राफ्ट, नेवल ताकत – 295, कुल आर्मी जवान – 1325000

You Might Like These

Leave a Comment