खेसारी के फिल्म संघर्ष से भोजपुरी सिनेमा से अश्लीलता के दाग खत्म।

By


भोजपुरी सिनेमा और गाना अश्लीलता के वजह से बदनाम हो गइल बा। बहुत सारा लोग एकरा खातिर विरोध करता लेकिन अभी तक कौनो सही कदम नइखे उठावल गइल। एही बीच खेसारी लाल और काजल राघवानी आपन आपन फिल्म ‘संघर्ष’ के प्रोमोशन के दौरान एगो इंटरव्यू में बतावल लोग कि फिल्म ‘संघर्ष’ भोजपुरी फिल्म पर लागल अश्लीलता के दाग के धोके एगो नया क्रांति लाई। उ लोग के कहनाम बा कि फिल्म ‘संघर्ष’ ने अश्लीलता मुक्त भोजपुरी फिल्म के गहरा संदेश देहल गइल बा।


फिल्म के बारे में अवधेश मिश्रा के कहनाम बा कि इ फिल्म के द्वारा साफ-साफ संकेत देहल गइल बा कि दर्शक के बीच उहे फिल्म चलि जवन बगैर अश्लीलता के बनल होइ और जेकर कहानी दमदार होई।
लेकिन सच्चाई त इहे बा कि अभी भी भोजपुरी सिनेमा में फिल्म के कहानी और अच्छा कलाकार के बहुते कमीं बा।
जो भी बा इ त आवे वाला समय ही बताइ कि भोजपुरी सिनेमा आपन इ दाग से छुटकारा पावता कि ना।
क्या सच में भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री सिर्फ अश्लीलता पे टीकी हुई है?

You Might Like These

Leave a Comment