सरकार बांट रहल बा जियो सिम के साथ माइक्रोमैक्स स्मार्टफोन, जानी केकरा कइसे मिली।

By


सरकार केहू के होखे हमनी के तारीफ तबे करीं ले जब कौनो
चीज फ्री में मिलेला। आज के तारीख में अगर केहू 10 रूपया मोबाइल में रिचार्ज भी करवा देबे ला त उ हमनी खातिर सबकुछ हो जाला। इहाँ त फ्री में मोबाइल फोन और 6 महीना के फ्री वाला सीम देबे के बात होता। दरअसल, संचार क्रांति योजना (SKY) के तहत छत्तीसगढ़ सरकार महिला और स्टूडेंट्स के मुफ्त स्मार्टफोन देबे जा रहल बा। जेकरा के पूरा करे खातिर हैंडसेट निर्माता माइक्रोमैक्स और रिलायंस जियो के 1500 करोड़ रुपया के ऑर्डर देहले बा।


इस प्रॉजेक्ट के तहत 10 हजार कैंप लगाए गइल बा। फोन के डिलिवरी शुरू हो चुकी बा। राज्य सरकार द्वारा चयनित लाभार्थियों के फोन जियो कनेक्शन के साथ देहल जा रहल बा। लाभार्थी के सत्यापन आधार के जरिए हो रहल बा।
मुफ्त में देहल जा रहल माइक्रोमैक्स के फोन के डिस्प्ले 4 इंच बा। जेमें 1 GB रैम और 8 GB इंटरनल मैमोरी बा, जबकि स्टूडेंट्स के 5 इंच डिस्प्ले के साथ 2 GB रैम और 16 GB इंटरनल मैमोरी वाला फोन देहल जा रहल बा।
साथ में जिओ के द्वारा छह महीना तक हर महीना 1 GB 4G डेटा, 100 मिनट वॉइस कॉल्स और 100 एसएमएस के सुविधा मुफ्त देहल जाई।
आगे पढ़े: मधुबनी के पहले रोटी बैंक के बारे में।

You Might Like These

Leave a Comment