ट्रैन में भइल लुट, सुतल रहल पुलिस।

By


बिहार में कुछ दिन पहिले ही पुर्वान्चल एक्सप्रेस में लुटपाट के मामला सामने आइल रहे। इ घटना एक सप्तहा के अंदर एक बार फिर ट्रैन में लुटपाट भइल। दिल्ली से आये वाली सद्भावना एक्सप्रेस के स्लीपर बोगी में लुटेरन के जमके उत्पात मचवलन सन। पिस्‍टल के बल पर करीब एक दर्जन यात्रियन से लूटपाट कर के ट्रेन के मुजफ्फरपुर आउटर सिग्‍नल के पास पहुंचते कूदके भाग गईले सन।


जानकारी के अनुसार देर रात गाड़ी के मुजफ्फरपुर पहुंचे के पहिले स्‍लीपर बोगी में घुसल लुटेरन पिस्‍टल के बल पर यात्रियन के कब्‍जा में कर लूटपाट कइले। दर्जन भर यात्रियन के मोबाइल फोन व नगदी आदि लूट लेहल गइल। विरोध करे पर लुटेरोनउ यात्रियन के साथ मारपीट भी कइले। एकरा बाद जइसे ही ट्रेन मुजफ्फरपुर के माड़ीपुर ओवरब्रिज के पास आउटर पर रुकल, सभी अपराधी कूद के भाग गईले।

Source


घटना के समय ट्रेन में तैनात पुलिस भी नजर ना आईल। ट्रेन के मुजफ्फरपुर जंक्‍शन पर पहुंचे के बाद यात्रियन घटना केके जानका रेल पुलिस के देहलन। रेल थानाध्यक्ष मामला के जांच कइले लेकिन कौनो सुराग अभी तक नइखे मिलल।
आगे पढिये: सऊदी अरब में इन 12 सेक्टर में जा सकती है भारतीयों की नौकरी।

You Might Like These

Leave a Comment