पटना में बारिश से धंसल बेली रोड, गाड़ी के कइल जाता डायवर्ट।

By


बेली रोड के पटना के लाइफलाइन मानल जाला। इ सड़क पटना जंक्‍शन के पास स्थित डाक बंगला क्रॉसिंग से दानापुर के पास सगुना मोड़ तक जायेला। इ पटना-दानापुर ट्विन सिटी के जोड़े वाला मुख्‍य सड़क ह। विधानसभा व सचिवालय से लेकर राज्‍य के कौगो बड़-बड़ कार्यालय एहि रोड पर बा।


राजधानी में भारी बारिश के वजह से पहिलही आम लोग परेशान रहे। बेली रोड पर बिहार लोक सेवा आयोग के कार्यालय के सामने एक पीलर खातिर खुदाई भइल रहे। दु दिन से हो रहल भारी बारिश के कारण उहाँ के मिट्टी धंस गईल। और सड़क के दुनु तरफ एक-एक लेन के धंस जाने के कारण यातायात रोक देहल गइल। फिलहाल, उ रास्ता से होके जाने वाली गाडी के न्यू सचिवालय की तरफ से डायवर्ट कइल जा रहल बा।
जैसे ही इ बात मुख्यमंत्री नितीश कुमार के पता चलल,उ खुदे निरक्षण खातिर घटना स्थान पर पहुचले। पथ निर्माण मंत्री नंदकिशोर यादव घटना के जाँच पड़ताल करें के बात कहले।

आगे पढ़िए : रेलवे की लापरवाही, ट्रेन से भेजा हुआ पार्सल 3.5 साल बाद पहुंचा।

You Might Like These

Leave a Comment