31 अगस्त के रिलीज होता ‘बलमुआ तोहरे खातिर’।

By


महीना में 2-3 गो हिट फिल्म देबे वाला सुपर स्‍टार पवन सिंह के भोजपुरी फिल्‍म ‘बलमुआ तोहरे खातिर’ 31 अगस्‍त के रिलीज होखे जा रहल बा। जेमें ख्‍याति सिंह पवन सिंह के अपोजिट में बारी। कहल जाता कि ‘बलमुआ तोहरे खातिर’ मूलत: महिला सशक्तिकरण और नारी उत्‍थान पर केंद्रित फिल्‍म बा। एकरा जरिये समाज में महिला सशक्तिकरण के लेके एगो संदेश देवे का प्रयास कइल गइल बा। इ फिल्‍म में ख्याति सिंह के भूमिका एगो अबला नारी के बा, जेकरा समाज के जुल्‍मों सितम की वजह से तलवार उठावे के परेला।


क्रिस्‍प एग्जिम्‍प प्राइवेट लिमिटेड के ओर से प्रस्‍तुत ‘बलमुआ तोहरे खातिर’ के निर्देशक दिनेश यादव बारे। फिल्‍म में मुख्य कलाकार पवन सिंह, ख्‍याति सिंह, संजय पाण्‍डेय, अयाज खान, मनोज टाइगर, सीमा सिंह, करण पाण्‍डेय, ग्‍लोरी मोहन्ता, सोनिया मिश्रा, विनोद मिश्रा, अनारा गुप्ता और किरण पाण्‍डेय बारे फिल्‍म ‘बलमुआ तोहरे खातिर’ के संगीतकार अविनाश झा (घुंघरू) और गीत आजाद सिंह व प्‍यारे लाल लिखले बारे जा। कोरियोग्राफी कानू मुखर्जी और रिक्‍की गुप्‍ता के बा। एक्‍शन डाएरेक्टर बाजी राव बारे।
आगे पढ़िए : निरहुआ पूरा कइले चैलेंज ‘हम फिट तो इंडिया फिट’।

You Might Like These

Leave a Comment