जानी का बा, रेलवे ग्रुप डी के परिक्षार्थियन के नया संकट।

By


रेलवे के ग्रुप डी के 89409 पद खातिर इ बार RRB ऑनलाइन आवेदन पर देश भर से 2.37 करोड़ से ज्यादा लोग आवेदन कइले बा। मतलब एगो पद खातिर करिब 250 उम्मीदवार बारे। लेकिन अब इ लोगन पर भी नया संकट आवत नजर आ रहल बा।
दरअसल, रेलवे में आपन नियुक्ति के लेके बड़ संख्या में कुली आज रेलवे ट्रैक पर बैठ गइले। उत्तर-मध्य रेलवे कुली यूनियन के बैनर पर कुली लोग हावड़ा-दिल्ली ट्रैक पर आज रेल रोको आंदोलन शुरू कइल लोग।


कुली समाज द्वारा इ मांग बहुत साल से चल रहल बा। कुली लोग के मुताबिक पूर्व रेलमंत्री लालू प्रसाद यादव 2008 में कुली लोग ग्रुप -डी कर्मचारी के दर्जा देबे और 50 साल से अधिक उम्र के कुली के लईकन के नौकरी में लेबे के आदेश जारी कइले रहले। दस साल बाद भी इ आदेश पर कौनो अमल ना भइल। कुली लोग इ आदेश के लागू करे के मांग कर रहल बारे। अब समय बताईं केकरा हाथ में का आवता।
मधुबनी बना देश का दूसरा सबसे सुंदर रेलवे स्टेशन।

You Might Like These

Leave a Comment