रवि किशन अब बलात्कारियन के खिलाफ निकलिहें मोर्चा।

By


देश भर में बढ़त बलात्कार अब के रोके खातिर रवि किशन भइया अब मोर्चा निकाले जा रहल बारे। जेमें रवि किशन एक सितंबर से बिहार के विभिन्न जिला के दौरा करिहें और लोगन के जागरूक करिहें।
साथ ही साथ रवि किशन के होम प्रोडक्शन के आवे वाला फिल्म ‘सनकी दारोगा’ भी दुष्कर्म के विरोध में ही बनावल गइल बा जो की सात सितंबर के रिलीज होखेवाला बा। सनकी दारोगा में रवि किशन एगो पुलिस अधिकारी के भूमिका में बारन। इ फिल्म सच्ची घटना पर आधारित बा।


इ फिल्म के सैफ किदवई निर्देशित कइले बारे जबकि रवि किशन एके खुद ही प्रोड्यूस कर रहल बारे। फिल्म में उनकरा अपोजिट में अंजना सिंह और पप्पू यादव फिल्म में खलनायक के किरदार निभा रहल बारे।
इ त तय बा कि एक सितंबर से सात सितंबर तक रवि किशन के द्वारा चलावल मोर्चा के साथ ही साथ फिलिम के प्रोमोशन भी अच्छा से हो जाई।
आगे पढ़ीं : बॉक्‍स ऑफिस पर, ‘नागराज’ भईल सुपरहिट।

You Might Like These

Leave a Comment