बिहार के खादी के मिलल बड़ खरीदार, जानी के है।

By


बिहार में बने वाला खादी वस्त्र के दुगो बड़ खरीदार मिल गइल बा। देश के रेमंड्स और अरविंद मिल्स, बिहार के खादी खरीदें खातिर तैयार बा। उद्योग मंत्री जयकुमार सिंह ने संवाददाता सम्मेलन में बतवलन कि रेमेंड्स से इ संबंध में करार हो चुकल बा। अरविंद मिल्स के साथ भी शीघ्र ही समझौतापत्र हो जाई। उद्योग विभाग के प्रधान सचिव डा. एस. सिद्धार्थ बतवलन कि खादी के ‘लोगो’ तैयार हो गइल बा और इ बिहार में बन रहल खादी कपड़ा पर लगावल जा रहल बा।


खादी के बढ़ावा देवे खातिर सरकार हर संभव प्रयास करे के तैयार बा। आवे वाला समय में 20-25 हजार लोगों को रोजगार देने के योजना बा। खादी के विकास खातिर सलाहकारन के सेवा लेहल जा रहल बा। इ काम के जिम्मा गुरूग्राम के ‘ग्रैंड थार्टन इंडिया’ नामक कंपनी के सौंपल गइल बा।
डा. सिद्धार्थ ने कहानाम बा कि खादी के विकास खातिर नीति तैयार कइल जा रहल बा। जल्द ही इ नीति बन जाई। नीति में बुनकर के ब्याज रहित ऋण, अनुदान, उनकर बीमा करावे आदि के प्रावधान रहीं। संवाददाता सम्मेलन के पश्चात उद्योग मंत्री खादी के प्रति जागरूकता बढ़ाने खातिर एक प्रचार वाहन के भी हरी झंडी देखवले। इ वाहन पूरा प्रदेश में भ्रमण कर के खादी के खूबियन के जानकारी लोगन के दिही।

You Might Like These

Leave a Comment