जन्माष्टमी के मौका पर तेज प्रताप ‘श्री कृष्ण’ बन के खेललें डांडिया।

By

जन्माष्टमी के मौका पर तेज प्रताप ‘श्री कृष्ण’ बन के खेललें डांडिया।


तेज प्रताप यादव आपन अनोखा अंदाज़ खातिर बहुत प्रसिद्ध बारें। बार बार देखल गइल बा कि उनकर पूजा पाठ में खास आस्था बा। अलग अल ग मौका पे कभी भोले बाबा या कृष्ण बन के मीडिया के सामने आवेलें। अइसन ही अबकी बार के जन्माष्टमी में देखल गइल ह, जहाँ पटना में बहुत ही धूम धाम से जन्माष्टमी पूजा के आयोजन कइल गइल रहे। पूजा और कीर्त्तन के सारे इंतज़ाम तेज प्रताप खुद के निगरानी में कइलें। ई कार्यक्रम में पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी भी पहुँचलि। तेज प्रताप आपन भी तेजस्वी के भी न्यौता देले रहले लेकिन तेजस्वी यादव कार्यक्रम में शामिल ना भइलें।

कार्यक्रम में तेज प्रताप पूरा तरह से श्री कृष्ण के गेटअप में रहलें। चमकदार कुर्ता, धोती और मोर पंख के साथ और हाथ मे बांसुरी। पूजा समाप्त होखला के बाद कृष्ण रूप में ही वहाँ मौजूद गोपियों के साथ डांडिया में खेललें।तेज प्रताप के एकर आगे भी शिव जी के रूप में देखल गइल बा।

तेज प्रताप के अइसन अंदाज़ देख के ई तो समझल जा सकेला की उनकर धर्म मे और पूजा पाठ में खासा लगाव बा।

You Might Like These

Leave a Comment