पटना के सड़क पे साइकिल से गिरले तेजप्रताप।

By


पिछला केतना दिन से बिहार में चल रहल अपराध के खिलाफ आरजेडी नेता और लालु जी के बड़ बेटा तेजप्रताप यादव साईकिल से पटना के सड़क पर उतरले ताकि 28 मार्च के होखे वाला रैली खातिर जनता के निमंत्रण देबे निकलल रहले। तेजप्रताप के साथ उनकर कार्यकर्ता लोग भी रहे।
इहे दौरान साइकिल घुमाते समय साइकिल फिसल गइल और तेजप्रताप गिर गइले। वइसे उनकरा ज्यादा चोट ना लागल, उ तुरन्त खड़ा हो गइले।


जइसे ही इ तस्वीर सामने आइल सोशल मीडिया में मजाक के विषय बन गइल। इ बात से भी तेजप्रताप के कउनो फर्क ना पड़ल। तेजप्रताप के इहे कहनाम रहे की हम चलतबानी , गिरेम, उठेम फेर चलें लेकिन रुकेम ना जेकरा हँसे के बा उ हँसो। अब देखे के इ बा की 28 जुली के होखे वाला रैली के का असर होता बिहार सरकार पर।
आगे पढ़िए: सुपर 30 के संस्थापक आनंद कुमार पे लगे आरोप की सच्चाई सामने आई।

You Might Like These

Leave a Comment