इहाँ बा 300 साल पुरान शिवलिंग, जानीं जा एकर बारे में।

By


मध्य प्रदेश के देवास जिला के बागली से तीन किलोमीटर के दूरी में एगो अईसन शिव मंदिर बा जहां 300 साल पुरान शिवलिंग बा। नर्मदा नदी स्वयं इ शिवलिंग जलाभिषेक करेली।
इ मंदिर के जटाशंकर महादेव मंदिर के नाम से जानल जाला। अइसन बतावल जाता कि जटाशंकर महादेव मंदिर बहुत ही पुराना बा। इहां पर शिव मंदिर के साथ ही साथ राम दरबार, राधा-कृष्ण और हनुमान मंदिर भी बा।
नर्मदा नदी के द्वारा शिवलिंग के जलाभिषेक कइल जाए के पीछे एगो कहानी प्रचलित बा। तकरीबन 250 साल पहले इहां पर भगवानदास नाम के एगो महात्मा रहत रहले। भगवानदास जी प्रतिदिन नर्मदा नदी में स्नान करे जात रहले। स्नान करे के बाद उ नर्मदा नदी के जल से शिवलिंग के जलाभिषेक करत रहले। जब वृद्धावस्था में बीमार हो जाए के वजह से नदी में स्नान करे ना जा सकले और नाहीं त शिवलिंग के जलाभिषेक कर पावस।
तब भगवानदास जी मां नर्मदा के आह्वाहन कइले। उनकर आह्वाहन पर नर्मदा स्वयं प्रकट होके उनका के आश्वासन दिहले कि अब से उ हमेशा इहां रहके शिवलिंग के जलाभिषेक करीहे। इ कहानी के मुताबिक उ समय से नर्मादा नदी के जलाधारा शिवलिंग से होकर बहे लागल।

You Might Like These

Leave a Comment