खेसारी के वायरल वीडियो पर लोग भइल गुस्सा, जानी पूरा सच।

By


हर दिन भोजपुरी सिनेमा के एक्टर्स के विवादित वीडियो आवत रहेला। हाल में ही खेसारी के भी एक इंटरव्यू के वीडियो वायरल भइल हां जे के लेके लोगन में काफी गुस्सा बा। और काहे ना होखी अगर कोई भी राउर भोजपुरी के बारे में गलत बोली त। कुछ अइसही देखल जाता खेसारी के इ वायरल वीडियो में। खेसारी के वायरल वीडियो में इ कहत देखावल बा की भोजपुरी खेसारी,पवन,और निरहुआ के नाम के बिना कुछ नइखे। इ वीडियो वायरल होखला के बाद भोजपुरी से नाता रखेवाला लोगन के भी वीडियो जारी होकहे लागल। जेमे हर कोई आपन गुस्सा के जाहिर कइले बा।

इ बात सच बा की भोजपुरी कहूं के जागीर ना बा। इ तीनों नाम से पहिले भी भोजपुरी के नाम रहे और इ लोगिन के बाद भी रही। बहुत बड़-बड़ लोग भोजपुरी माटी में जनम लेले बा और भोजपुरी के आगे बढ़इले बा। अगर सच में कोई आपन नाम के भोजपुरी से ऊपर समझता त उ गलत बा। लेकिन जहाँ तक रहल बात इ वीडियो के त इ वीडियो में पूरा इंटरव्यू के नइखे देखावल। एमे खाली उहे हिस्सा देखावल बा जे के देखा के लोगन के भरकावल जा सके। इ सब वीडियो के बाद खुद खेसारी लाइव वीडियो के जरिये सबसे निवेदन कइले बारे की पूरा इंटरव्यू देख के आपन राय राखी जा। उनकर कहनाम बा की कुछ लोग नाम कमाए खातिर उनका के बदनाम करतारे। इ बात एहि जे ख़तम नइखे होत। अभी भी और वीडियो जारी कइल जाता की खेसारी फोन करके धमकी देत बाड़े और बहुत कुछ बोलले बाड़े। अब इ सब बात में सच्चाई केतना बा इ अभी सामने नइखे आइल।
आगे पढ़ी: निरहुआ केकरा के देहलन गाली, भइल FIR

You Might Like These

Leave a Comment