पटना के थाना में दुगो दरोगा में भईल लातम-जुतम।

By


फ्री में सब्जी मामला के लेके पहिलही से पटना पुलिस काफी बदनाम हो चुकल बा और अब ई शायद पहिला बेरी सुने में आइल बा कि दुगो दारोगा आपस में भिड़ गइले।
पटना के शास्त्रीनगर थाना के दरोगा विनोद कुमार मांझी के आरोप बा कि उ तीन दिन से मेडिकल छुट्टी पर रहले और जब उ डयूटी ज्वाइन करें पहुंचले त उनका साथे मारपिट कइल गईल। उनकर कहनाम बा कि उ कई प्रकार के बीमारी से ग्रस्त रहले। इ बात के उनका पास डॉक्टर की रिपोर्ट भी मौजूद बा। इलाज खातिर उ बकायदा आवेदन देके छुट्टी भी लेहले रहले। लेकिन जब वापस ड्यूटी ज्वाइंन करे पहुंचले त उनका साथे मारपिटाई कइल गईल। पिटाई में उनकर चश्मा, बैच और नेम प्लेट भी टूट गइल।
न्याय खातिर उ थाना में ही धरना पर बैठ गईले।

You Might Like These

Leave a Comment