आये वाला 4-5 महीना में राजगीर और भी आकर्षक हो जाई।

By


बिहार के अंतरराष्ट्रीय पर्यटन केंद्र राजगीर आये वाला चार से पांच महीने में और भी ज्यादा खूबसूरत हो जाई। राजगीर में नया रोप-वे तैयार हो जाई। एकर अलावा एक से डेढ़ महीना में बुद्ध के 80 फुट ऊंची मूर्ति आम दर्शक के देखे खातिर तैयार हो जाई।


साथ ही राजगीर के सबसे लोकप्रिय और मनोरम स्थल में से एक घोड़ा कटोरा झील और एकर आसपास के पूरा इलाका के प्राकृतिक तरीका से सुसज्जित करके विकसित कइल जाई।
राजगीर में विश्व शांति स्तूप तक पहुंचे खातिर जौन एगो नया रोप-वे (रज्जु मार्ग) तैयार होखे जा रहल बा। इ नया रोप-वे के खासियत बा कि इ पूरा तरह से फाइबर ग्लास से बनल होई और चारों तरफ से बंद रही, जेमें चार लोग के एक साथ बैठे के व्यवस्था रही। इ रोप-वे में अइसन 36 गो केबिन रहीं।

Source


राजगीर के बेहद ही सुंदर घोड़ा कटोरा झील के खूबसूरती के ज्यादा बढ़ावे खातिर झील के बीच में 80 फुट ऊंचा बुद्ध के विशाल मूर्ति लगा देहल गइल बा। अब इहां तक पहुंचे खातिर मार्ग के निर्माण कार्य अंतिम चरण में बा।
एकरा बाद तालाब के आसपास के पूरा इलाकन के सौंदर्यीकरण के काम चल रहल बा। इहां आवे खातिर सिर्फ टमटम के ही उपयोग होइ। सड़क के भी नया लुक देहल जा रहल बा।
आवे वाला समय में कुछ और भी जगह के विकास कइल जाइ।

आगे पढ़िए : मधुबनी बना देश का दूसरा सबसे सुंदर रेलवे स्टेशन।

You Might Like These

Leave a Comment